Uncategorized
भोजपुरी संगीत में बढ़ती अश्लीलता — दिपांजली शर्मा की कलम से

लईका सेयान भोजपुरी के दीवाना बा,
डीजे पर अश्लील गाना बजावे के जमाना बा।
भोजपुरी भाषा अब माटी में मिलावल जाता,
जब डीजे पर धुन अश्लील गाना के बजावल जाता।
कहीं शिलावा के नाम, कहीं पुजावा के नाम,
सानिया मिर्जा के कई दिहले बदनाम।
ये गानन के चक्कर में बहुत कुछ भईल,
केतन लईकियन के नाम बदल गईल।
अब हु से करी जा भईया मन में विचार,
ये अश्लील गाना के रोके के करी जा उपाय।
दिपांजली शर्मा